Patna ke Ghatwa par baje bajnwa Latest chhat geet Lyrics | पटना के घटवा पर बजे बजनवा सुनके नाचे मनवा छठ पूजा गीत

Patna ke Ghatwa par baje bajnwa Latest chhat geet Lyrics | पटना के घटवा पर बजे बजनवा सुनके नाचे मनवा छठ पूजा गीत

पटना के घटवा पर,
पटना के घटवा पर,
बजे बजनवा सुनके नाचे मनवा,
सुनके नाचे मनवा,
हाली चलना सजनवा ||

गंगाजी के पनिया में बरती समाईल,
मीडिया के बिडियो कैमरा नौका लगायिल||
भइले अरगा के बेरा,
भइले अरगा के बेरा,
होता एलनवा,
सुनके नाचे मनवा हाली चलना सजनवा||

देख मेहराव सुन्दर झालर टँगायिल,
ऊंचे ऊँचे बसवा पर चोंगा बँधायिल,
बाजेला कल्पना और छेला के गानवा.
सुनके नाचे मनवा,सुनके नाचे मनवा हाली चलना सजनवा…२||

बतिया बतवले राजेश जी के बिटिया,
विनय बिहारी लिखले माई के गितिया
राजू और दिलीप कइले,राजू और दिलीप कइले आदित पुजनवा,
सुनके नाचे मनवा सुने नाचे मनवा हाली चलना सजनवा…(२)||

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *